Viraj-DaulatKiJung
भोजपुरी एक्शन स्टार विराज भट्ट आ खुबसूरत बाला अक्षरा सिंह के भोजपुरी फिलिम ‘फिर दौलत की जंग’ बिहार में 11 जुलाई से रिलीज होखत बा.

किशोरी फिल्म्स के बैनर आ निर्माता धुपेन्द्र भगत के एह फिलिम ‘फिर दौलत की जंग’ के निर्देशन रत्नेश सिंहा के बा. सहयोगी निर्माता बाड़ी मानकी देवी आ लखमती देवी, कार्यकारी निर्माता राजा शा अउर जे.पी.गुप्ता, गीतकार दिनेश दिलकश, संगीतकार सुरेश आनंद, संपादक कमल सहगल, नृत्य निर्देशक जे.डी. अउर दिलीप मिस्त्री, मारधाड़ निर्देशक सिंह इज किंग, कहानीलेखक संजय सिंह, आ कैमरामैन हउवे अश्विन प्रभाकर.

मुख्य कलाकारन में विराज भट्ट, अक्षरा सिंह, कृष्णा भट्ट, तनश्री, शिखा मिश्रा, अली खान, अवधेश मिश्रा, आनंद मोहन, गुरुवचन सिंह, संजय सिंह , विनोद मिश्रा, आ आयटम गर्ल्स ग्लोरी अउर सुनीता पांडे के नाम बा.

फिलिम के गीत पहिलही कामयाब हो गइल बाड़ी स.


(शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: