virajBhattभोजपुरी एक्शन स्टार विराज भट्ट एह घरी मुंबई से सटले ठाणे जिला के विरार में विराजत बाड़ें जहाँ उ अपना फिलिम “बाज गइल डंका” के शूटिंग करत बाड़ें. एह फिलिम में विराज का संगे नायक पवनो सिंह बाड़ें. निर्देशक हउवें रवि भूषण.

साथी कलाकारन में अवधेश मिश्रा, सुनील थापा, आनंद मोहन, अउर काजल राघवानी के मुख्य भूमिका बा.

जाने जोग इहो बा कि एह घरी विराज के फिलिम “तू ही तो मेरी जान है राधा” एह घरी सगरो सफलता के डंका बजावत बिया. एकरा अलावे आवे वाली रोमांटिक एक्शन फिलिम “जानेमन” में विराज भट्ट आ खेसारीलाल यादव नायक बाड़ें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

 393 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: