VishalTiwari-actionsceneभोजपुरी सिनेमा के डायनामिक स्टार विशाल तिवारी के जलवा उनुका आवे वाली फिलिम “चरणों की सौगंध” में देखे के मिले वाला बा. एह फिलिम में विशाल तिवारी का साशे साथ भोजपुरी सुपर स्टार खेसारी लाल यादवो बाड़न. निर्देशक बाली के एह फिलिम में विशाल तिवारी के नायिका बाड़ी काजल राघवानी.

एह फिलिम के किरदार से खुश विशाल बतावत बाड़े कि जब एह किरदार का बारे में बतावल गइल त तुरते हामी भर दिहले रहलें. फिलिम में खेसारीलाल आ विशाल तिवारी के देख के लोग हिन्दी फिलिम “दीवार” के शशि कपूर आ अमिताभ बच्चन के भुमिका याद करे लागी.

पूर्वा प्रोडक्शन के बैनर तले बनल एह फिलिम के निर्माता हउवन सुर्यकांत. फिलिम एही महीना मुंबई आ बिहार में रिलीह होखी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

 299 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: