भोजपुरी अभिनेता शुभम तिवारी के एह घरी चारो ओरि वाहवाही होखत बा. दरअसल शुभम के दू गो फिलिम, ‘‘प्रतिघात’’ आ ‘‘लड़ब मरते दम तक’’ पिछला दिने रिलीज भइली सँ त एहनी में शुभम के भूमिका सबही सराहत बा. ‘प्रतिघात’ में शुभम पिंटू नाम के नवही के भुमिका में बाड़न त फिलिम ‘लड़ब मरते दम तक’ में एगो पुलिस इंस्पेक्टर का भूमिका में. ‘प्रतिघात’ में शुभम के नायिका अक्षरा सिंह आ फिलिम ‘लड़ब मरते दम तक’ में शुभम आइटम गर्ल सीमा सिंह संगे एगो मजगर किरार में बाड़ें.
शुभम अपना एह फिलिमन के सफलता से संतुष्ट बाड़ें.
(प्रशांत-निशांत)
433 total views, 9 views today