भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन नायिका रिंकू घोष के चाहे वालन के तादाद हर जगहा बा. सीतामढ़ी में अपना फिलिम ‘नागपंचमी’ के शूटिंग करे चहुँपल रिंकू घोष के देखे ला लागल कि पूरा सीतामढिए उठ के चल आइल रहे. लोग रिंकू सशगे फोटो खिंचवावल, आटोग्राट लिहल बाकिर सब कुछ बहुते मिलनसार अंदाज में.
लोग के एह व्यवहार पर खुश रहली रिंकू घोष.
रिंकू एह घरी हर छोट बड़ निर्माता के फिलिमन में काम करत बाड़ी. असलम शेख संगे रिंकू के फिलिम ‘औरत खिलौना नहीं’ जल्दिए रिलीह होखे वाली बा. राजकुमार पांडे के फिलिम ‘नगीना’ के शूटिंग हाल ही में पूरा कइली ह रिंकू. जगदीश शर्मा निर्देशित ‘हथियार’ फिलिमो के शूटिंग पूरा करा चुकल बाड़ी रिंकू घोष.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
963 total views, 3 views today