Sansar-poster-khesariसिनेमा भोजपुरी में सुपर स्टार खेसारीलाल यादव आ स्टार अदाकारा अंजना सिंह के सुपरहिट जोड़ी एस.आर. 39 फिल्मस् अउर कृष्णादीप इंटरटेनमेंटस के बैनर तर बनल फिलिम ‘संसार’ में एक बेर फेर नजर आई. निर्माता शंकर रोहड़ा आ माया यादव के एह फिलिम के कथा-पटकथा आ निर्देशन के कमान असलम शेख सम्हरले बाड़न. फिलिम में खेसारी आ अंजना के लव एंगल बा.

एह महान समाजिक मनोरंजक फिल्म में खेसारी लाल आ अंजना सिंह संगे बृजेश त्रिपाठी, माया यादव, आलोक यादव, समर्थ चतुर्वेदी, जुबेर खान, रितू पांडेय, आशा तिवारी, अक्षिता, सोम भूषण आ महानायक कुणाल सिंह के मजगर भूमिका बा. साथही अनारा गुप्ता आ प्रिया शर्मा पर आईटम गीत फिलिमावल गइल बा.

बकौल खेसारीलाल-अंजना सिंह ‘संसार’ बहुते बढ़िया फिलिम हवे जवन हर वर्ग के दर्शक पसंद करीहें.

गीतकार प्यारेलाल यादव, महेश परदेशी, कृष्णा बेदर्दी, आ पवन पाण्डेय, संगीतकार घुंघरू, नृत्य निदेशक पप्पु खन्ना, एक्शन मास्टर शकील शेख, आ कार्यकारी निर्माता अविनाश रोहड़ा हउवें.


(प्रशांत निशांत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: