RajChauhanहरियाणावी कलाकार राज चौहान अपना करिअर के शुरुआत भलही हरियाणवी फिलिम आ एलबम से कइलन बाकिर ओकरा बाद हिंदी अउऱ भोजपुरीओ फिलिमन में काम कइलन. उनकर कहना ह कि उ एह तीनो भाषा के अलावहु दोसरो भाषा के फिलिम क सकेलें. राज फ़िलहाल कईएक हिंदी फिलिमन के शूटिंग में व्यस्त बाड़न. पिछला दिने उनुुका से बातचीत भइल त ओही बातचीत के कुछ बात एहिजा दिहल जात बा :

राज जी अबले अपने के फ़िल्मी सफर कइसन रहल ?
हम हरियाणवी हईं. बचपने से कुछ अलग करे के मनसा रहुवे त मुंबई आ पंहुचनी. वइसे एक्टिंग करिअर के शुरुआत दिल्ली में थिएटर से कइले रहीं. फेर हरियाणवी में दू गो एल्बम कइनी आ कुछ एड फिलिम करे का बाद भोजपुरी आ हिंदी फिलिमन में काम करे के मौका मिलल. अब त हम अपना फिलिमन के शूटिंग में व्यस्त बानी.

अपने के भोजपुरी फिलिम कवन रहली सँ ?
पहिलका भोजपुरी फिलिम रहलल ‘खून भरी मांग’. निर्माता प्रदीप सिंह आ निर्देशक राजकुमार आर.पाण्डेय जी के ई मल्टीस्टार फिलिम २३ मई के रिलीज़ होखे वाली बा.एकरे अलावे ‘जब खून पुकारे’ आ ‘रियल मदर इंडिया’ नाम के दू गो फिलिम बाड़ी सँ आ एह दुन में हमरा अपोजिट रानी चटर्जी बाड़ी.

आ हिंदी फिलिम ?
हिंदी फिलिमन में ‘माफिया बिग बॉस ‘, ‘हीरोज़ ऑफ़ दिल्ली’, ‘तेरे प्यार में’, अउऱ ‘आम आदमी खास आदमी’ शामिल बाड़ी सँ. ‘माफिया बिग बॉस’ अंडरवर्ल्ड माफियन प आधारित बा. जवना में बहुत कुछ रियल प बा. डॉन हाजी मस्तान, करीम लाला वगैरह के काम जवना से लोग आतंकित रहल रहुवे से देखावल गइल बा एह में. दिलीप जी के डायरेक्शन में फिलिम के शूटिंग चलत बा. हमरा अपोजिट रश्मि देसाई बाड़ी.

राज जी, आज के चुनावी माहौल में कवना पार्टी के सपोर्ट करत बानी ?
हम त हमेशा से इहे चाहीले कि सरकार ओह पार्टी के बने जे हमनी के देश के हर छोट से बड़ समस्यन के समाधान क सके. हमरा त लागत बा कि नरेंद्र मोदी जी के सरकार बनी काहे कि जइसे उहाँ के गुजरात डेवलप कइनी वइसहीं देशो के डेवलप करब.

पॉलिटिक्स से रिलेटेड आपके एगो फिलिमो त आवत बा ?
जी हँ. ‘आम आदमी खास आदमी’ फिलिम राजनीति से जुड़ल बा. आदर्श जैन डायरेक्ट करत बानी आ फिलिम जल्दिए रिलीज़ होखी.

अपने के कवनो अवार्डो मिलल बा ?
हँ, साल २०११ में हमरा के राजीव गांधी एक्सीलेंस अवार्ड मिलल रहे.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: