फिलिम बढ़िया बने आ परिवार संगे देखे जोग होखे त लोग देखे जुटबे करी आ तब ओह फिलिम के झूठमूठ के प्रचार आ शोशेबाजी के सहारा ना लेबे के पड़ी.
भोजपुरी फिलिम ‘सजना सजाई द मंगिया हमार’ के मिलत शानदार सफलता एही बात के रेघरियावत बा. अपना दुअर्थी संवाद आ फूहड़ गीत ला बदनाम भोजपुरी सिनेमा में ई एगो बढ़िया बयार ले के आइल बा. एही चलते रिलीज का सात हफ्ता बादो फिलिम शानदार तरीका से चलत जात बिया.
(रामचंद्र यादव)
261 total views, 2 views today