SajnaMangiaSajaDaमैनास प्रोडक्शन के बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम “सजना मंगिया सजाई दऽ हमार” के पहिला शेड्यूल के शूटिंग बिहार के अनेके खुबसूरत लोकेशनन प हाल ही में पूरा क लीहल गइल.

एकर निर्माता हउवें हलचल सिंह आ लेखक अउर निर्देशक ओम प्रकाश यादव. फिलिम पारिवारिक मनोरंजन वाली होखी. जवना में कॉमेडी, रोमान्स, एक्शन, आ इमोशन के मिलल जुलल तड़को रही. खास बात रही एकर संगीत. जवन बहुते सुरीला आ दिल के छू लेबे वाला होखी.

संगीतकार हउवें राकेश निराला. मुख्य कलाकार में अरविन्द अकेला “कल्लू” आ नेहा श्री के जोड़ी का साथे रहीहें अर्चना सिंह, प्रीति सिंह, मनोज टाईगर, बालेश्वर सिंह आ सुरेन्द्र पाल बाड़े.


(दिनेश यादव)

 156 total views,  1 views today

By Editor

%d bloggers like this: