SanyasiBalmaPicsसिन्धुजा चलचित्र के बैनर तले बनल फिलिम “सन्यासी बलमा” के पोस्ट प्रोडक्शन के काम तेजी से पूरा क लिहल गइल.

अजय कुमार झा निर्देशित एह फिलिम में आजु के साधू-सन्यासियन के जीवन पर बनल एह फिलिम का जरिए समाज के आइना देखावे के काम भइल बा. कहानी सिन्धुजा मिश्रा के आ पटकथा अउर संवाद मनोज टाईगर के लिखल ह.

मुख्य कलाकारन में शुभम तिवारी, मोनालिसा, प्रिया शर्मा, मनोज टाईगर, गोपाल राय, अनूप अरोरा, किरन यादव, देव सिंह, अभय राज आ अवधेश मिश्रा शामिल बाड़े. साथ ही नवोदित नायक जलज कुमार एह फिलिम से परदा पर डेग धइले बाड़े.


(रामचंद्र यादव)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: