पेन एंड कैमरा इन्टरनैशनल के बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम ’सन ऑफ बिहार’ लेके आवत बाड़न निर्माता-वितरक महमूद अली. तेजस्वी नवही महमूद अली के जेतने तारीफ कइळ जाव कम रही. लागेलें त अभिनेता बाकिर बन गइले लेखक, निर्माता आ वितरक.
’सन ऑफ बिहार’ पूरा तरह से एक्शन, कॉमेडी आ रोमांस भरल मनोंरंजक फिलिम ह. एहमें कुल नौ गो गाना बा जवना के संगीत गुणवंत सेन आ राज सेन बनवले बाड़न, पिछला दिने एकरा एगो गाना के रिकार्डिंग मुंबई के ओशिवरा स्थित एस आर एस स्टुडियो मे मोहन राठौर के ४वाज में कइल गइल. फिलिम में ई गाना रवि किशन आ नगमा पर फिलिमावल जाई. शूटिंग लंदन आ भारत में भइल बा.
निर्देशक सरोज खान, गीतकार फणिन्दर राव, छायांकनकर्ता ए के एन सबिस्टियेन, कोरियाग्राफर सरोज खान, फाईटमास्टर शकील शेख, आ एडीटर गोविन्द बेलवरी हउवें.
मुख्य कलाकार, रवि किशन, नगमा, के आर के, लवी रोहतगी, बेबी फरीदा, स्पेशल गाना में रानी चटर्जी, मोनालिसा, रिंकु घोष आ पाखी हेगड़े बाड़ी.
रिकार्डिंग बेरा रवि किशन, नगमा, रानी चटर्जी, संजय भूषण पटियाला, महमूद अली वगैरह मौजूद रहलें.
(संजय भूषण पटियाला)