अनेके सुपरहिट फिलिम दे चुकल पवन सिंह के फिलिमन के इंतजार उनुका के चाहेवालन के हमेशा रहेला. अब ई चाहत जल्दिए पूरा होखे वाला बा पवन सिंह के नयका फिलिम ‘सपेरा’ से.
निर्माता रितेश ठाकुर के एह फिलिम के शूटिंग विष्णु शंकर बेलू का निर्देशन मे बिहार के सीतामढी में हो रहल बा.
एहमे सपेरा बनल पवन सिंह के किरदार उनुका अबले के सगरी फिलिमन से अलगा तरह के होखी.
एह शुक से पवन सिंह के फिलिम ‘योद्धा’ रिलीज़ होखे जात बा. यश फिल्म्स के एह भोजपुरी फिलिम में पवन सिंह आ रवि किशन दुनू जने नायक बाड़े.
सनोज मिश्रा निर्देशित फिलिम ‘बाज़ीगर’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा. जाने जोग इहो बा कि रवि किशन आ पवन सिंह के जोड़ी के बहुते फिलिम आ चुकल बाड़ी सँ आ सगरी सुपर हिट रहल बाड़ी सँ.
(रंजन सिन्हा आ संजय भूषण पटियाला अलग अलग)
452 total views, 2 views today