भोजपुरी इंडस्ट्री के जानल-मानल कलाकार सुदीप पाण्डेय के के ना जाने. अबले उनकर आइल सगरी फिलिम हिट भइल बाड़ी सॅ. सुदीप के एक्शन हीरो,रोमांटिक हीरो, इमोशनल हीरो हर किरदार सराहे जोग होला. हाल ही में उनकर फिलिम ‘बैरी बलमा’ के शूटिंग खतम भइल बा आ फिलिम जल्दिए रिलीज कइल जाई. एह बीच सुदीप से बतियावे के मौका मिलल. पेश बा ओही बातचीत के कुछ हिस्सा :
सुदीप जी अपना आवे वाली फिलिम ‘बैरी बलमा’ के बारे में कुछ बताईं ?
‘बैरी बलमा’ सामाजिक कहानी प बनल पारिवारिक फिलिम ह जवना के पूरा परिवार संगे बइठ के देखल जा सकेला. एह फिलिम के खास क के औरत बहुते पसंद करीहें काहे कि एहमें बहुते अइसन मुद्दा उठावल गइल बा जवना के सामना बहुते औरत करत बाड़ी.
एकर निर्देशन के कइले बा ?
निर्देशक बानी जितेंद्र सुमन जी. बढ़िया निर्देशक होखला का साथही जितेन्द्र जी बढ़िया इन्सानो हईं. उहाँ क साथे काम करे के मौका मिलल एकर हमरा बहुते खुशी बा.
फिलिम में राउर हीरोइन के बा?
राखी त्रिपाठी जी. राखी जी बेहतरीन हीरोइन हईं आ उनकर सह कलाकार बनल हमरा बहुते नीक लागल.उमेद करत बानी जे दर्शको लोग हमनी के जोड़ी के बहुत पसंद करी.
गीत-संगीत कइसन बा ?
सगरी गाना बहुते बढ़िया बनल बाड़ी सँ आ हमरा बहुते नीक लगली सॅ. रोमांटिक, इमोशनल गीतन का अलावा एगो कॉमेडीओ सांग बा जवना के लोग बहुते पसंद करी.
सुदीप जी, चुनावी माहौल चलत बा से जानल चाही लोग कि रउरा कवना पार्टी संगे बानी ?
केकरो संगे ना. हम त बस इहे मानीले कि जवन पार्टी देश आ समाज के बेहतरी ला सोची हम चाहब कि उहे जीतो. समाज में गरीबी, भुखमरी दूर होखो आ लोग के हर सुविधा मिले. ओही पार्टी के चाहीले जे एह परेशानियन से मुक्ति दिआवे. अबहीं ले कवनो संगे जुड़ल नइखीं बाकिर मौका मिलल त जरूर जुड़ब. बाकिर समाज खातिर कुछ करे के बा त जरूरी नइखे कि कवनो राजनीतिक गोल में शामिल होखल जाव. पार्टियन से अलगा रहियो के समाज ला बहुत कुछ कइल जा सकेला.
राउर आवे वाली फिलिमन के नाम ?
‘बैरी बलमा’ का बाद ‘जन्मो जनम’ आ ‘मसीहा’ ई दू गो फिलिम अइहें सॅ. फ़िलहाल हम अपना खुद के प्रोडक्शन ला एगो कहानी लिखे में लागल बानी जवन आजु के फिलिमी कहानियन से बिलकुले अलगा होखी आ जवना के दर्शक बेहद पसंद करीहें.
(संजय भूषण पटियाला)