Pawan
सांप के हमनी का पूजो करीलें आ देख लीं त लाठी डंडा लेके मारियो दिहिले. आज हालात अइसन हो गइल बा कि हमनी के देश में सांपन के गिनिती घटे लागल बा. अब सांपन के बचावे आ आपन दोस्त बनावे में लाग गइल बाड़ें पवन सिंह.

आवे वाली फिलिम ‘सपेरा’ में एगो सपेरा के भूमिका करत बाड़े पवन सिंह. शूटिंग बिहार के सीतामढी में जोर शोर से हो रहल बा. निर्माता रितेश ठाकुर के एह फिलिम के निर्देशन विष्णु शंकर बेलू करत बाड़ें.

पवन सिंह अपना दर्शकन से निहोरा करत बाड़न कि सांपन के मारी मत सभे. अगर कहीं लउक जाव त भगा दीं ना त वन विभाग वालन के बोला के ओह लोग के हवाले कर दीं. काहे कि साँप हमनी के पर्यावरण के जरूरी हिस्सा हउवें आ ओह से हमनी के बहुते तरह के फायदा होखेला.

पवन सिंह फ़िलहाल सपेरा के शूटिंग में व्यस्त बाड़न. उनकर ‘योद्धा’ आ ‘बाज़ीगर’ रिलीज होखे वाला बाड़ी सँ. एह दुनू फिलिमन में पवन का संगे रविओ किशन बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला आ रंजन सिन्हा)

 417 total views,  2 views today

By Editor

One thought on “सांपो को बचाने की मुहीम छेड़ी ‘सपेरा’ पवन सिंह ने”

Comments are closed.

%d bloggers like this: