SaajanKiBaahoMe_posterआर एस फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तले बने जात अभिनेता आर एस तिवारी के फिलिम “साजन की बाहो में” के शूटिंग 21 मार्च से गुजरात के सिलवासा, वापी, दमन में कइल जाई. गीतन के रिकार्डिग करा लीहल बा. एहमें कुल आठ गो गाना बाड़ी सँ.

एह फिलिम के नायिका ला हिंदी फिलिमन के मशहूर अभिनत्री रेनुजा सिंह के साइन कइल गइल बा.

फिलिम के कहानी बिहार के एगो गायक के जिनिगी प बा. उ गायक अब एह दुनिया मे नइखन.

निर्माता राजनारायण तिवारी के कहना बा कि उ नया कलाकारन के मौका दीहल चाहेले जिनका लगे टैलेंट त बा बाकि काम नइखे. एह फिलिम से मशहूर डांसर चन्दन राजपूत भोजपुरी परदा पर बतौर एक्टर आपन शुरुआत करत बाड़े.

निर्माता राजनारायण तिवारी, निर्देशक बलजीत सिंह, स्टोरी स्क्रीनप्ले सुनील आशिक़, संगीत दामोदर राव, गीत राजेश मिश्रा, हिरीशचंद पिंटू गिरी, सिंगर कल्पना, इंदु सोनाली, मोहन राठौर, रुपेश मिश्रा, कुमार सानु, लाली मिश्रा, दामोदर राव, खुसबू जैन, फाइट हिरा यादव.

मुख्य कलाकार आर एस तिवारी, रेनुजा सिंह,चन्दन राजपूत, रीता राय,दामोदर राव, पिंटू गिरी,सीमा सिंह, गोपाल राय


(संजय भूषण पटियाला)

 280 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: