Nirahua-muscles
भोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के जलवा साल चौदहो 2014 में बनल रही. एह साल इनकर पहिलका फिलिम आई ‘अदालत’. अदालत में निरहुआ के नायिका बाड़ी हॉट गर्ल मोनालिसा. एह फिलिम में निरहुआ के किरदार बुराई के खिलाफ आवाज उठावे वाला नवही के बा.

निरहुआ खेसारीलाल का संगे मशहूर निर्माता आलोक कुमार के ‘दुध का कर्ज’ फिलिमो में आपन जलवा देखइहें. एहमें निरहुआ के नायिका बाड़ी स्मृति सिन्हा.

एकरा बाद आई निरहुआ के आपने होम प्रोडक्शन फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ जवन निरहुआ के महत्वाकांक्षी प्रोजेक्ट हवे. एकरे अलावा निरहुआ एह साल सुजीत तिवारी के ‘तिरंगा’ अउर रवि सिन्हा के ‘हथकड़ी’ फिलिमो में नजर अइहे.

लगातार 8 साल से भोजपुरी सिनेमा के सरताज सितार बनल निरहुआ के फिलिमन के लाईनअप देखके कहल जा सकेला कि एहु साल निरहुआ के बादशाहत कायम रही.
बेस्ट ऑफ लक निरहुआ!


(प्रशांत निशांत)

 359 total views,  4 views today

By Editor

%d bloggers like this: