SinghBhaiya-muhurtपिछला दिने सुजीत सिंह प्रोडक्शन के बैनर तले बने जात फिलिम “सिंह भईया” के संगीतमय मुहूर्त पर मुहूर्त गीत मुम्बई के पंचम रिकार्डिंग स्टूडियो में मशहूर पार्श्व गायिका इन्दू सोनाली के मीठ आवाज में रिकार्ड करावल गइल.

निर्माता सुजीत सिंह के एह फिलिम के निर्देशन आशीष सिन्हा करत बाड़न. क्रिएटिव निर्देशक आ कार्यकारी निर्माता राजन उराँव, लेखक अरविन्द तिवारी, संगीतकार अविनाश झा घुंघुरू आ गीतकार आजाद सिंह, ऋषि ग्वाला, अउर विभाकर पाण्डेय हउवें. पार्श्व गायन कइले बाड़ी इन्दू सोनाली, खुश्बू जैन, आ आलोक कुमार, मोहन राठौड़ अउर अमित गुप्ता. रिकार्डिस्ट हउवन साहिल खान. छायांकन करीहें आनंद कुमार भारती, नृत्य निर्देशन दिलीप मिस्त्री, मारधाड़ हीरालाल यादव, आ कला निर्देशन मुकेश कुमार.

केंद्रीय भूमिका में सुजीत सिंह, प्रिया शर्मा, धर्मेन्द्र सिंह, संजय वर्मा, माया यादव अउर संजय पाण्डेय के नाम बा. आईटम डांस नृत्यांगना ग्लोरी के रही.


(रामचंद्र यादव)

 418 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: