जुर्म का जुर्रत का खिलाफ भोजपुरिया डॉन
जुर्म के बढ़त जुर्रत आ सिस्टम से परेशान एगो आम आदमी के डॉन बने का कहानी पर बनल भोजपुरी फिल्म डॉन १३ अगस्त का दिने बिहार का प्रमुख सिनेमाघरन में रिलीज हो रहल बा. एह फिल्म में डॉन के मुख्य भूमिका मनोज तिवारी कइले बाड़े आ एहमें उनकर जबरदस्त एक्शन देखे के मिली. कहे वाला कहत बाड़े कि ई फिल्म भोजपुरी के सत्या साबित होखी. कई गो दोसर दिग्गज स्टार एह भूमिका से मना कर दिहले काहे कि अतना चुनौती वाला भूमिका से डेरा गइल रहे लोग.
पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.
पवन सिंह के सपना पूरा हो गइल
पवन सिंह के बरिसन से ई साध रहे कि उनका कवनो फिल्म के शूटिंग उनका गाँव में होखो जवना में ऊ नायक होखस आ एह सुपर स्टार के ई साध पूरा भइल लागल नथुनिया के धक्का से जवना के शूटिंग अबही हालही में आरा जिला में करावल गइल. पवन सिंह के कहना बा कि उनका खातिर एह ले बढ़ के बाति का हो सकेला कि उनका फिल्म के शूटिंग ओहिजा होखो जहाँ से उनकर नाम जुड़ल बा. बतवलन कि एह शूटिंग से उनकर बाबूजी माई आ सगरी हित मीत सभे खुश बा.
पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.
पिंड दान करीहे रवि किशन
हिन्दू संस्कृति में अपना पूर्वजन के आत्मा के शान्ति खातिर पिंडदान के रिवाज बा. एह काम खातिर गया के सबसे पवित्र जगहा मानल गइल बा. भोजपुरी सिनेमा मे पहिला बेर एह विषय पर कवनो फिल्म बनत बा जवना में भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन एह पिंडदान के अंजाम दीहें. फिल्म के निर्मात्री पायल दूबे, निर्देशक आनन्द गहतराज आ बैनर श्रीकृष्णा क्रियेशन के बा,
पिंडदान के शूटिंग वास्तविके लोकेशन पर होखे जा रहल बा.
पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.
कुसूर के संपादन कार्य शुरु
अयान फिल्म्स प्रोडक्शन्स के प्रस्तुति आ निर्माता इरफान खान के म्यूजिकल ससपेंस थ्रिलर भोजपुरी फिल्म कुसूर के संपादन कार्य शुरु हो गइल बा.
युवा निर्देशक अशोक त्रिपाठी अत्री अपने लिखल कहानी के बेहतरीन निर्देशन से बेहद मनोरंजक बना दिहले बाड़न. भोजपुरिया दर्शक एकरा के बेर बेर देखल चहीहें जवना के कलाकारन में रॉबिन खान, कल्पना, विनोद तिवारी, मनोज टाइगर, मनोज द्विवेदी, गोपाल राय, विपिन सिंह का अलावे अनारा गुप्तो के नाम बा. गीतकार मुन्ना दूबे आ संगीतकार के रत्नेश हउवें. कैमरामैन लोकेश भंडारी आ नृत्य निर्देशक संतोष कुमार हउवें. फाइट मास्टरी गब्बर सिंह के ह.
पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.
323 total views, 2 views today