सिनेमा का दुनिया से….

निरहुआ के तबियत खराब, शूटिंग रद्द

भोजपुरी सिनेमा के किंग सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहआ के खसरा, मीजल्स, हो गइल बा. जवना चलते उनकर फिल्म आखिरी रास्ता के शूटिंग रुक गइल बा आ ऊ हैदराबाद से मुंबई आ गइल बाड़न जहवाँ ऊ अपना माई का देखरेख में स्वास्थ्य लाभ करीहे. परो साल उनकर पैर के हड्डी टूटला का चलते उनकर एगो फिल्म निरहुआ न॰ १ के शूटिंग रोके पड़ल रहे.


आ जा, सलटि लिहल जाव

भोजपुरी सिनेमा के स्ट्रगलर अभिनेत्री रीतू पाण्डे एगो भोजपुरी फिल्म निर्देशक वंश पाठक पर आरोप लगवले बाड़ी कि फिल्म में नायिका के रोल देबे खातिर ऊ रीतू के सलटि लेबे के नेवता देत बाड़न. धमकावतो बाड़न कि ना सलटलू त कैरियर बरबाद कर देब. पुलिस मामिला का तहकीकात में जुटल बिया आ पहिला नजर में शिकायत सही बुझइला पर वंश पाठक के थाना बोलावल जा सकेला.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


नक्सली ताण्डव परब बनत बा खेला

एस पी आर्ट्स क्रिएशंस के भोजपुरी फिल्म खेला के शूटिंग बिहार का मुजफ्फरपुर आ वैशाली जिला के महुआ पातेपुर आ मीरपुर में फिल्मावल जा चुकल बा. बाकी हिस्सा गुजरात का राजपिपला में फिल्मावल जाई. एह फिल्म में नक्सली ताण्डव में होखेवाला आम आदमी के हत्या देखावल गइल बा. रविकिशन एह फिल्म के नायक बाड़न जे प्रेमी, फौजी, आ गँवई जवान हर रुप में कमाल कइले बाड़न.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


कल्पना शाह का साथे रॉबिन खान फिल्म कुसूर में

दर्जनो भोजपुरी फिल्मन में काम कर चुकल अभिनेत्री कल्पना शाह का साथे नवोदित कलाकार रॉबिन खान भोजपुरी फिल्म कुसूर का मुख्य भूमिका में बाड़न. फिल्म के शूटिंग पुरा हो चुकल बा आ आजुकाल्हु एकर एडिटिंग चलत बा.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


अब चाइनीज निर्माता बनइहें भोजपुरी फिल्म

एह घरी भोजपुरी सिनेमा के सुनहला दौर चलत बाटे आ भारते के ना अनिवासी भारतीयो आ विदेशो के लोग भोजपुरी फिल्म बनावे में दिलचस्पी लेबे लागल बा. एकर टटका उदाहरण देखे के मिलल बा चीन के एस टेंग आ जैरिमन चुआ के कंपनी पोलानिया वत्स इन्टरटेनमेंट के भोजपुरी फिल्म चुन्नू बाबू सिंगापुरी से. कवनो चीनी निर्माता के ई पहिलका भोजपुरी फिल्म होखी.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up