अरे कहीं ई विक्रांत त ना ह ?

विक्रांत सिंह के भोजपुरी सिनेमा के इकलौता चाकलेटी स्टार मानल जाला बाकिर अब ऊ एक्शनो करे जा रहल बाड़न. उनकर अलग अलग अंदाज उनका के कवनो खास इमेज में ना बान्हे देव आ एही चलते ऊ निर्माता निर्देशकन का बीचे चर्चा में चलत बाड़न.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म के शूटिंग काश्मीर में होखे जा रहल बा

काश्मीरी मूल के अभिनेत्री रितु मेहरा के पदार्पण का साथ रमन पचौरी आ आभा सिंह मारुति क्रिएशन्स का बैनर में आ टी बॉबी सिंह का निर्देशन में करेंट मारे गोरिया बना रहल बाड़े जवना के शूटिंग काश्मीर में करावल जाई. कहानी के कुछ हिस्सा काश्मीरी परिवेश पर आधारित बाटे आ तय भइल कि ओकर शूटिंग वास्तविक लोकेशन पर करावल जाय. बिपिन बहार के संगीत से सजल एह फिल्म में ……

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


लवंडा बदनाम हुआ के नकल ह दबंग के मुन्नी बदनाम हुई

सलमान खान के चर्चित फिल्म दबंग के मशहूर हो गइल गाना मुन्नी बदनाम हुई… बीस साल पहिले के लोकप्रिय गीत लवण्डा बदनाम हुआ के नकल ह. ओह गीत के गायिका ताराबानो फैजाबादी आज फटेहाली के जिनिगी जी रहल बाड़ी. मनोज तिवारी सलमान खान से निहोरा कइले बाड़न कि ताराबानो के परिवार के अगर ऊ कुछ सहायता कर सकसु त ई उनकर बड़प्पन होखी.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


धूम मचा दिहले बाड़न सुदीप पाण्डे

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार फेर सफलता के शिखर छूवले बाड़न अपना फिल्म हमार ललकार के सफलता से जवन एह घरी भोजपुरिया बाक्स आफिस पर गरदा उड़वले बा. भोजपुरी सिनेमा में एक्शन के दौर के वापिस ले आवे वाला संदीप पाण्डे अपना जोरदार एक्शन आ पावरफुल धाँसू डायलाग मारत फेर दर्शकन के थपड़ी बिटोरत बाड़न.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


Loading

%d bloggers like this: