का हीरोइनन के बिछलाइल शगुनिया होला ?

कहल जाला कि जबो कबो बालीवुड अभिनेत्री काजोल सेट पर शूटिंग का दौरान बिछला जाली त लोग उनका के उठवला का बदले ताली बजावे लागेला. काहे कि लोग जान जाला कि अब ऊ फिल्म हिट होखे जा रहल बिया. पिछला दिने अइसनके एगो वाकिया लाइफ एक्सप्रेस के गोवा में हो रहल शूटिंग का दौरान हो गइल जब फिल्म के नायिका रितुपर्णा सेनगुप्ता आ किरण झंजानी का बीचे एगो रोमांटिक सीन शूट होत रहे कि रितुपर्णा बिछला के ढिमला गइली. त का काजोल के फार्मूला रितुपर्णो पर सही साबित होखे जा रहल बा ?

लाइफ एक्सप्रेस का बारे में अउरी जानकारी फिल्म्स४यू डॉट इन पर अंगरेजी में पढ़ीं.


रवि किशन आ पाखी हेगडे लहरिया लूटे का तइयारी में

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन आ स्टार अदाकारा पाखी हेगडे एक बेर फेर साथेसाथ आ रहल बा लोग. ई सुपरहिट जोड़ी एकरा पहिले सईंया से सोलह सिंगारभूमिपुत्र में आ चुकल बा आ अबकी बेर आदिशक्ति इन्टरटेनमेंट आ साईं दीप फिल्म्स का बैनर तले बनत फिल्म लहरिया लूटऽ ए राजा जी में आ रहल बावे. फिल्म मेंएह जोड़ी पर कई गो रोमांटिक आ गरमा गरम सीन फिल्मावल गइल बा.

अउरी जाने खातिर अंगरेजी में सिने भोजपुरी डॉट कॉम पर जाईं.


पवन सिंह के गुण्डई देखीं

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार पवन सिंह जे अपना लोकगायकी से अपना प्रशंसकन के दिल जीत लिहले बाड़न प्रेमचन्द प्रोडक्शन के गुण्डईराज में अइसनका रुपरंग में नजर अइहें कि रउरा बरबस कह पड़ेम कि अरे ई उहे पवन सिंह हउवें का ? एह फिल्म के सबसे बड़ खासियत एकर मारधाड़ वाला सीने रही हालांकि गीतो गवनई बहुते बढ़िया डालल गइल बा एकरा में. खुद पवन सिंह कहत बाड़न कि भोजपुरी सिनेमा में अइसनका दृश्य बहुते कमे देखल गइल बा.

अउरी जाने खातिर अंगरेजी में सिने भोजपुरी डॉट कॉम पर जाईं.


एगो गाना में फाड़ दिहल गइल डेढ़ सौ से बेसी साड़ी

निर्माता प्रवेश सिप्पी के बनावल भोजपुरी फिल्म मृत्युंजय के एगो गाना के शूटिंग का दौरान दू सौ अस्सी गो साड़ी के इस्तेमाल कइल गइल आ गाना का दौरान ओहमें से करीब १६० गो साड़ी फाड़ के उधिया दिहल गइल. गाना भोजपुरी के सुपर स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ रिंकू घोष पर फिल्मावल जात रहुवे, निर्देशक जगदीश शर्मा के कहना बा कि साड़ी फाड़ के उधिया दिहल गाना के डिमांड रहुवे.

अउरी जाने खातिर अंगरेजी में सिने भोजपुरी डॉट कॉम पर जाईं.


सिनेमा का परदा पर मनोज पाण्डेय के दस्तक

मनोज तिवारी, मनोज टाइगर, आ अब मनोज पाण्डेय ! भोजपुरी सिनेमा का परदा पर अब एगो कमसिन नवजवान अपना अभिनय, अपना दिलकश आवाज, आ शानदार डांसिंग का साथे दस्तक देबे आ रहल बा जवना के नाम ह मनोज पाण्डे. यूपी के ठेठ भोजपुरिया इलाका से आवे वाला एह नवजवान के भूमिका लहरिया लूटऽ ए राजा जी में एगो कालेजिया छात्र के बा जे अपना साथे पढ़े वाली से मुहब्बत कर बइठत बा आ ओकरा खातिर अपना बिंदास जिनिगी में बवाल खड़ा करा लेत बा.

अउरी जानकारी अंगरेजी में सिने भोजपुरी डॉट कॉम पर मिली.


 367 total views,  4 views today

%d bloggers like this: