DharmendraSamratमुजफ्फरपुर के एगो गाँव से आइल धर्मेन्द्र सम्राट भोजपुरी सिनेमा में धीरे-धीरे आपन धाक जमवले जात बाड़ें. राज कुमार पाण्डेय के निर्देशन में बनल फिलिम “ट्रक डाईवर” में अपना खलनायकी से धर्मेन्द्र सम्राट खूब तारीफ बटोरलन त जितेन्द्र कुमार सुमन के निर्देशन में बनल फिलिम “खोइंछा” के किरदार धर्मा से अपना पहचान के अउर बुलंद कर दिहलन. निर्देशक जितेन्द्र कुमार सुमन धर्मेन्द्र सम्राट के सराहत कहलन कि धर्मेन्द्र सम्राट साचहूँ बहुते बढ़िया कलाकार हउवन जे अपना काम के बखुबी निभावे में सक्षम बा.

धर्मेन्द्र सम्राट के फिल्मी कैरियर निर्देशक अमित कुमार मन्ना के फिलिम “बेटी भईल परदेशी” से शुरू भइल रहुवे. अजय देवगन आ अवधेश मिश्रा के आपन आदर्श माने वाला धर्मेन्द्र सम्राट अब बतौर खलनायक “खून का कर्ज” करे वाला बाड़े. अपना काम में ईमानदार धर्मेन्द्र सम्राट जल्दिए सिनेमा भोजपुरी में बतौर खलनायक छा जइहें. इनकर रिलीज फिलिमन में बेटी भईल परदेशी, सास रानी बहु नौकरानी, ट्रक डाइवर, एलान बा, खोइंछा, राम बनवलन जोड़ी, सबसे बड़ा मुजरिम वगैरह शामिल बा. धर्मेन्द्र के रिलीज होखे वाला फिलिमन में कसम वर्दी के, बैरी बालम, अँगना में आईल बहार भउजी, वगैरह बाड़ी सँ.


(कुन्दन राज)

 327 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: