Chintuअभिनेता प्रदीप पाण्डेय चिंटू भोजपुरी परदा के नयका स्टार बन के उगल बाड़न. हालिया प्रदर्शित ‘जीना तेरी गली में’ से बतौर नायक भोजपुरी परदा पर इंट्री मारे वाला चिंटू आजुके नवहियन के दिल के धड़कन बन गइल बाड़न, ‘जीना तेरी गली में’ सगरी बिहार में धमाल मचावत बिया. अनेके बड़का फिलिमन का सोझा रिलीज भइला का बावजूद “जीना तेरी गली में” बिहार में सगरो शानदार व्यवसाय करत बिया. एह फिलिम के सफलता चिंटू के सितारन के अगिला पाँत में ले आ दिहले बावे. एह फिलिम में चिंटू के अभिनय क बहुते सराहल जात बा.


(प्रशांत निशांत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: