भोजपुरी सिनेमा के डांसिग क्वीन सीमा सिंह पिछला दिने निर्माता रत्नेश यादव के भोजपुरी फिलिम “रियल इंडियन मदर” ला सगरी रात डांस कइली. संजय कोरबे के नृत्य निर्देशन में एह आयटम नंबर के गोरेगांव के फ्यूचर स्टूडियो में शूट कइल गइल.
एह फिलिम में रानी चटर्जी, मनमोहन तिवारी, नंबर वन खलनायक संजय पांडे आ ललन सिंह के मुख्य भूमिका है बा.
सीमा सिंह के एह आयटम नंबर में दू दर्जन अउरीओ डांसर रहले. एह नंबर के डांस स्टेप कमाल के बतवली सीमा सिंह. आ नृत्य निर्देशक संजय कोरबे के निर्देशन में डांस करत सीमा सिंह के मेहनत देख सबही दंग रहुवे.
खुद फिल्म के निर्माता रत्नेश यादव कहलन कि सीमा सिंह वाकई बहुत मेहनती हई आ अब पता चलल कि हर तरफ सीमा सिंह के तारीफ काहे होखेला.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
(२० दिसंबर १३)
151 total views, 1 views today