C_P_Moviesभोजपुरी फ़िलिम निर्माण से जुडल सबले बड़ आ नामचीन कंपनी सी पी आई मूवीज (सुजीत तिवारी) साल २०१४ के शुरुवात “कच्चे धागे” फिलिम से क के भोजपुरी सिनेमा के फील गुड के एहसास करवले बिया.

१० जनवरी के रिलीज़ भइल “कच्चे धागे” के उम्मीद से बढ़िया शुरुवात मिलल बा. गलन वाला ठंडी का चलते लोग के अनेसा रहुवे कि फिलिम के बिजनेस प असर पड़ी. बाकिर बिहार में एके साथ ७२ गो सिनेमाघरन में रिलीज़ भइल एह फिलिम के लमहर रेस के घोड़ा माने लागल बा लोग.

सी पी आई मूवीज (सुजीत तिवारी) के परोसल एह फिलिम के निर्माता अनिल कुशवाहा आ निर्देशक मंजुल ठाकुर हउवे. मुख्य कलाकारन में खेसारी लाल यादव, स्मृति सिन्हा, मनोज टाईगर, अंजलि श्रीवास्तव वगैरह के नाम बा,

कच्चे धागे फिलिम के सफलता प सुजीत तिवारी के कहना बा कि फिलिम नीक होखे त मौसम के कवनो मतलब ना रहि जाव.

एह फिलिम के सफलता का बाद निर्माता अनिल कुशवाहा अपना अगिला फिलिम का तइयारी में लाग गइल बाड़न.

सी पी आई मूवीज के अगिला फिलिम “प्रतिज्ञा २” फरवरी में रिलीज होखे आ बॉक्स ऑफिस पर धूम मचावे के तइयारी में बा.


(उदय भगत)

 293 total views,  6 views today

By Editor

%d bloggers like this: