मूल रूप से बिहार के रहवईया आ दक्षिण भारतीय फिलिमन के मशहूर खलनायक सुनील झा के दबंगई अब भोजपुरी फिलिम ‘भउजी आई हमार अंगना’ में देखे के मिली.
सुनील कन्नड़ भाषा में दक्षिण के दर्शकल के मनोरंजन ला एक से बढ़ के एक फिलिम आ अलबम दिहले बाड़न. सुनील बतवले कि जब निर्देशक रवि एच कश्यप एह फिलिम के बारे में बतवले त ऊ मना ना कर पवलें काहे कि फिलिम ‘नदिया के पार’ के याद ताजा करा दी.
कहल जात बा कि एब फिलिम में सुनील के खतरनाक भूमिका उनका के अब ले के भोजपुरी खलनायकन से बीस साबित करा दी. एह में भोजपुरी हॉट केक अंजना सिंह के भूमिको काबिले तारीफ बा.
(एस एस बेदर्दी)
300 total views, 2 views today