सुनील शेट्टी जारी कइलन ‘गुलाब थिएटर‘ के पहिला झलक

sunil-shettyपिछला महीना गणतंत्र दिवस के मौका पर अंधेरी स्पोर्ट कम्पलेक्स में आयोजित इंटरनेशनल कुश्ती मुकाबला के दौरान सिने अभिनेता सुनील शेट्टी आ सांसद संजय निरूपम मिल के जफर कमाल फिल्म्स के बैनर में बनल निर्माता मेंहदी हसन आ लेखक-निर्देशक कमर हाजीपुरी के भोजपुरी फिलिम ‘गुलाब थिएटर‘ के पहिला झलक जारी कइले. एह मौका पर निर्माता मेंहदी हसन, लेखक-निर्देशक कमर हाजीपुरी, विधायक असलम शेख समेत अनेके खासमखास लोग मौजूद रहल.

‘गुलाब थियेटर’ फिलिम में थिएटर कलाकारन के जिनिगी के दरद देखावल गइल बा. कइसन कइसन हालात से जूझे पड़ेला एह कलाकारन के. एह फिलिम में विनय आनंद, कल्पना शाह, सुमित बाबा, बृजेश त्रिपाठी, विजय खरे, क्षितिज प्रकाश, अर्जुन सिंह, इफ्तखार अहमद, गुड्डू, इलियास आ आईटम क्वीन सीमा सिंह के मुख्य किरदार बा.

कैमरामैन त्रिलोकी चौधरी, सह निर्माता गुफरान अहमद अउर बबिता रितु, संगीतकार सी. वनवीर अउर सतीश मुन्ना, गीतकार विरेन्द्र पाण्डे अउर कमर हाजीपुरी, नृत्य निहाल सिंह, संकलन नकुल प्रसाद आ एक्शन दर्शन सिंह के बा.


(समरजीत)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up