Sexy-Pakhi
भोजपुरी के स्टार अदाकारा पाखी हेगड़े अब सेक्सी बम बन गइल बाड़ी आ पाखी के सेक्सी अदा हाल ही में रिलीज भइल फिलिम ‘योद्धा’ के आयटम सांग मेश देखे के मिलत बा.

एह गाना के बोलो बा ‘हम हई सेक्सी बम’. एह आयटम के फिलिम के क्लाईमेक्स में देखावल गइल बा. पाखी के एह शानदार नृत्य में 250 डांसर आ 200 जूनियर आर्टिस्ट ले के तीन दिन में फिलिमावल गइल रहे. नृत्य निर्देशन दक्षिण भारत के भानू के रहे.

एह आयटम का बारे में पाखी के कहना बा कि फिलिम इंडस्ट्री के मशहूर निर्देशक राज एन. सिप्पी सर जब एकर प्रस्ताव दिहलन त ना ना कह सकली. गाने के फिल्मांकनो बहुते भव्य तरीका से कइल गइल आ भरोसा जतवली कि दर्शको एह गाना प झूम के देखइहें.


(प्रशांत-निशांत)

 481 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: