RinkuGhosh-sexy-figure

भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष अब अउरी सेक्सी बन गइल बाड़ी. पिछला दिने ‘हथियार’ फिलिम के सेट पर जेही रिंकू घोष के देखल सभकर इहे कहना रहुवे.

जगदीश शर्मा के निर्देशन में बनत ‘हथियार’ फिलिम में रिंकू घोष के नायक बाड़न भोजपुरी एक्शन किंग विराज भट्ट.

रिंकू का बारे में विराज भट्ट के कहना बा कि वाकई रिंकू घोष बहुते मेहनत कइले बाड़ी. खलनायक संजय पांडे त रिंकू घोष के आपन फेवरिट एक्ट्रेस बतावत कहतारन कि रिंकू के लुक में बहुत बदलाव आइल बा. निर्देशक जगदीश शर्मा के कहना बा कि जब रिंकू घोष संगे ‘मृत्युंजय’ में काम कइले रहन तबहियो इहे कहले रहन कि रिंकू घोष तुम लाजवाब हो आ अब ‘हथियार’फिलिमो का बेरा उहे बात दोहरावत बानी.

एह फिलिम ला सीमा सिंह के आयटम के शूटिंग पिछला दिने भइल. जवना ला खास सेट लगावल गइल रहे.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
Seema-Viraj-Hathiyar

Loading

By Editor

%d bloggers like this: