निर्देशक विमल कुमार के पहिला भोजपुरी फिलिम ‘देस-परदेस’ बनके तइयार बा. नायसा क्रियेशन के बैनर में निर्माता अशोक पाण्डेय के एह मेगा बजट फिलिम से धरम पा जीओ भोजपुरी फिलिमन में आपन शुरुआत करत बाड़ें. धरम पा जी का संगे रति अग्निहोत्री, कादर खान आ गुरबचन जइसन अनेके हिंदी कलाकारो एह फिलिम में काम कइले बाड़ें, फिलिम के पेश करे के अंदाज से ई कलाकार अतना खुश बाड़ें कि ई लोग अब धरम जी से एकरा के हिंदीओ में बनावे के कहत बा.
सैकड़ों फिलिमन में विलेन के किरदार कर चुकल गुरबचन एकरा मेकिंग से खासा प्रभावित बाड़ें. उनकर कहना बा कि पारिवारिक मूल्यन के संवेदनशीलता आ गंभीरता के भोजपुरी फ़िलिम बहुते संजीदगी से सामने ले आवेले. ‘देस-परदेस’ एही परंपरा के अउरियो ऊँचाई पर ले जाई. आज हिंदीओ दर्शकन के अइसन गंभीर फिलिमन के जरूरत बा.
निर्देशक विमल कुमार एह फिलिम में जिनिगी के चकाचौंध में राह भुलाइल एगो अइसन आदमी के कहानी पेश कइले बाड़न जवना के महत्वाकांक्षा ओकरा के अपना परिवार से फरका कर देत बा. बाकिर आखिरकार ओकरा अपना जड़ का ओर लवंटे के पड़ते बा. धर्मेन्द्र आ रति अग्निहोत्री के अलावा एह फिलिम में पवन सिंह आ मोनालिसो मुख्य भूमिका में नज़र अइहें. एकरी अलावे एहमें दीपक दूबे, प्रतिभा पाण्डेय, मनोज द्विवेदी, संजय पाण्डेय, अनिल यादव, नीलिमा सिंह, आनंद मोहन, संजय वर्मा, आ दिलीप सिंह वगैरह कलाकारो मौजूद बाड़ें.
फिलिम करीब करीब पूरा हो चुकल बावे आ बतावल जात बा कि अगिला ११ अक्टूबर के एकरा के रिलीज कर दिहल जाई.
(स्पेस क्रिएटिव मीडिया)
351 total views, 2 views today