VishalTiwari-HyderKazmi
भोजपुरी सिनेमा के रियल रंगबाज हैदर काजमी आ चार्मिंग स्टार विशाल तिवारी के जोरदार टक्कर वाली फिलिम ‘लड़ाई’ के जोर एह घरी सगरी बिहार में देखे के मिलत बा आ सगरो एह फिलिम के भरपूर चरचो बा. फिलिम के प्रमोशन करे खातिर हैदर काजमी आ विशाल तिवारी पहिलही से बिहार में डेरा डलले रहुवन.

हैदर काजमी के लोकप्रियता के हाल ई रहुवे कि जवने सिनेमाघर जासु तहवें लोग घेर लेव आ फोटो खिंचवावे आ आटोग्राफ लेबे के सिलसिला शुरू हो जाव.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: