चुनावी समर से उबर के रवि किशन फेरू अपना काम में व्यस्त हो गइल बाड़न. अपना एक्टिंग करिअर से प्यार करे वाला रवि किशन भोजपुरी फिलिमन के शूटिंग पूरा करा के अब हिंदी फिलिमन पर ध्यान देत बाड़न.
रवि किशन के ‘मोहल्ला अस्सी’ फिलिम रिलीज़ ला तइयार बा. उमेद बा कि एकरा के सितशबर ले रिलीज क दिहल जाई. रवि के अगिला फिलिम ‘मिस तनकपुर हाज़िर हो’ राजस्थान के एगो साँच घटना पर बनल बा. तिसरकी फिलिम जवब एह साल रिलीज होखी उ होखी ‘देसी मैजिक’ जवना में रविकिशन डॉन के भूमिका में बाड़न.
(संजय भूषण पटियाला)
337 total views, 2 views today