७ मई से रिलीज होखे जा रहल बा दाग

by | May 5, 2010 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्माता रामाकान्त प्रसाद के बनावल आ निर्देशितो भोजपुरी फिल्म दाग सात मई के बिहार आ झारखण्ड के सिनेमा हालन में रिलीज होखे जा रहल बा. निर्देशक के रुप में ई फिल्म रामाकान्त प्रसाद के पहिलका फिल्म ह.

दाग फिल्म के कहानी एगो मजबूर औरत के ह जवना के धोखा आ फरेब से कलंकिनी बना दिहल जात बा. कर दिहल जात बा ओकरा पति के कत्ल आ बना दिहल जात बा ओकरा दू गो बच्चन के अनाथ. ऊहो औरत मरे मरे के कगार पर चहुँप जात बिया बाकिर भगवान से लड़ के अपना मृत्यु के आदेश पलट देत बिया आ तय करत बिया कि ओह राक्षस के वध कर के रही जे ओकरा हँसत खेलत परिवार के उजाड़ के राख दिहलस.

आदिशक्ति इन्टरटेनमेंट आ कुमारी माई मूवीज के संयुक्त रुप से बनावल फिल्म दाग एगो म्यूजिकल रिवेंज स्टोरी ह जवना में दर्शकन के हर मसाला देखे के मिली. फिल्म के कलाकारन में भोजपुरी किंग स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ नेपाली सुपर स्टार विराज भट्ट का साथे पाखी हेगडे, स्वीटी छाबड़ा, स्वाति वर्मा, संजय पाण्डेय, अनिल यादव, महेश राज, गोपाल राय, पुष्पा वर्मा, वंदनी मिश्रा, रत्नेश वर्णवाल आ सीमा सिहं के नाम बा.

फिल्म के धांसू डायलाग कहानी लेखक संतोष मिश्रा के लिखल बा, गाना विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के लिखल बा. एकर संगीतो विनय बिहारीए दिहले बाड़े. छायाकार रवि चंदन, संपादन जीतू, आ नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up