बनारस के बड़का व्यवसायी अंशुल गुप्ता अब भोजपुरी फिलिम बनावल शुरू कइले बाड़न आ उनुकर पहिलका फिलिम “बिहारी रिक्शावाला” अपना निर्माण के चरम पर बा. अंशुल गुप्ता कबीर एजेंसी, कबीर टेंट हॉउस, कबीर केटरर्स, कबीर सिल्क, ए. जी . एंड कंपनी के बाद अब कबीर फिल्म्स इंटरटेनमेंट नाम के आपन नया कंपनी खोलले बाड़न जवन फिलिम बनावे क काम करी. एही कंपनी के तहत बनत बा “बिहारी रिक्शावाला”.
सह निर्माता रोहित लाधा आ निर्देशक अविनाश त्रिपाठी बाड़ें. एह फिलिम में विनय आनंद रिक्शावाला बनल बाड़न जबकि फिलिम के नायिका अंजना सिंह एगो नेता के बेटी. पिछला दिने एकर शूटिंग बिहार के डेहरी ओन सोन में करावल गइल रहे आ अब एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम जोर शोर से चलत बा.
कहानी खुद निर्देशक अविनाश त्रिपाठी आ सत्येन्द्र गुप्ता लिखले, जबकि पट कथा अउर संवाद अरविन्द तिवारी.
मुख्य कलाकारन में विनय आनंद अउर अंजना सिंह के अलावा मनोज टाइगर, आनंद मोहन, किरण यादव, सतेन्द्र गुप्ता, श्रद्धा नवल, नेहा मेहता, शिल्पी शुक्ल, बबलू खान, दिनेश राय, श्रुति दुबे आ संजय पांडे बाड़े.
फिलिम “बिहारी रिक्शावाला” जल्दिए रिलीज ला तइयार हो जाई.
(उदय भगत)
0 Comments