अनेर आ अपराध का खिलाफ मनोज तिवारी आ रिंकू घोष के लड़ाई

by | May 27, 2014 | 0 comments

Rinku-Manoj-AuratKhilonaNahi
भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के सक्रियता राजनीति आ फिलिमन में एके जस बढ़ल बा. उत्तर पूर्व दिल्ली से भाजपा सांसद मनोज तिवारी चुनाव परिणाम निकले से दूइए दिन पहिले चांदिवली स्टूडियो में असलम शेख निर्देशित फिलिम ‘औरत खिलौना नहीं’ के शूटिंग करत रहलन. जब हम चहुँपनी त मनोज तिवारी आ रिंकू घोष प एगो रोमांटिक गाना फिलिमावल जात रहुवे.

लमहर दिन बाद मनोज तिवारी आ असलम शेख साथे काम करत बाड़े. जबकि असलम शेख आ मनोज तिवारी के जोड़ी हिट रहल बा. एही तरह रिंकू घोष आ मनोज तिवारी के जोड़ीओ कामयाब मानल जाले.

पप्पू खन्ना के नृत्य निर्देशन में फिलिमावल जात गाना के बोल रहुवे ‘लव यू लव यू’. ब्लैक ड्रेस में सुरक्षाकर्मियन का मौजूदगी में शूटिंग करत मनोज तिवारी के लोग अगवाह बधाईओ दिहले जात रहुवे. फिलिम में मनोज तिवारी के किरदार एगो इमानदार आ कर्तव्य निष्ठ पुलिस अफसर के बा जवना के कर्तव्य निष्ठा विभाग में बेमतलब हो गइल बा बाकिर उ हार नइखन मानत. व्यवस्था में रहिए के अनेर आ अपराध का खिलाफ आपन लड़ाई जारी राखत बाड़े. अब ई तरीका कवन बा से ही फिलिम के क्लाईमेक्स बा. निर्देशक असलम शेख के लागत बा कि ई तरीका नवहियन का संगे संग पुलिसो के नीमन लागी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up