भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ आ गरम लिट्टी अंजना सिह के जोड़ी के फिलिम – जिगर – अबकी का ईद का मौका प 23 जून के रिलीज होखे वाली बिया. संजोग बा कि एही दिने सलमानो खान के फिलिम टयूबलाइट के रिलीज होखल पहिले से तय बा.
एह टक्कर से निफिकर लउकत निरहुआ के कहना बा कि जिगर आम भोजपुरी फिलिमन से बहुते अलगा बाया काहें कि एकरा हर सीन प पूरा मेहनत कइल गइल बा. कुछ फिलिमन के सफलता के आभास ओकनी के बनते घरी होखे लागेला आ जिगर वइसने फिलिमन में शामिल बा. सलमान के फिलिमन के आपन अलग क्लास होला आ भोजपुरियन के अलग. एहसे ई कहल गलत होखी कि जिगर के मुकाबला कवनो हिंदी फिल्म से बा.
पूर्वांचल टाकीज के बैनर तले बनत फिलिम जिगर के निर्माता विकास कुमार बतावत बाड़न कि जिगर के पोस्ट प्रोडक्शन के काम तेज रफ्तार से जारी बा. विकास कुमार अपना पूर्वांचल टाकीज के बैनर तर पहिलहुं “साजन चले ससुराल 2” आ “बेटा” जइसन सफल फिलिम बना चुकल बाड़न. निर्देशक प्रेमांशु सिह जिगर के पोस्ट प्रोडक्शन में फिलिम देखत बहुते उछाह में बाड़न आ उनुकर कहना बा कि नीमन कहानी, जबरदस्त लोकेशन आ फिल्मांकन, मधुर संगीत अउर धमाकेदार एक्शन जिगर के खासियत रहे जा रहल बा.
जिगर में निरहुआ आ अंजना सिह का अलावे गौरव झा, रितु सिह, मनोज टाईगर, रीना रानी, देव सिह, गौरी शंकर, वैभव राय, संतोष पहलवान आ सुशील सिह वगैरहो के अहम भूमिका बा.
(उदय भगत)