pub-4188398704664586

असलम शेख के फोर इडियट्स

by | Mar 30, 2010 | 0 comments

भोजपुरी में  सुपर डूपर हिट फिलिम देबे में माहिर निर्देशक असलम शेख अब भोजपुरी में फोर इडियट्स पेश करे जा रहल बाड़े तू ही मोर बालमा का नाम से. आमिर खान के चर्चित फिल्म थ्री इडियट्स का तरह हँसा हँसा के लोटपोट करा देबे वाली फिल्म होखी ई जवना के जीतेश दूबे प्रस्तुत कर रहल बाड़न आ निर्माता हउवें रितेश ठाकुर.
एह फोर इडियट्स में प्रवेशलाल यादव, मनोज टाईगर, शुभम तिवारी, आ दीपक दूबे के नाम बा आ नायिका बनल बाड़ी चर्चित अदाकारा रिंकू घोष आ साथ में बाड़ि बवाल मचा देबे वाली नायिका सपना.
थ्री इडियट आ तू ही मोर बालमा में का मिलत जुलत बा पुछला पर असलम शेख बतावेलें कि तू ही मोर बालमा दोस्तन का बीच के हँसी मजाक पर आधारित बा जवना में देखावल गइल बा कि कइसे चार गो दोस्त अपना जिनिगी के नया रूप में ले जात बाड़न कि धमाल पर धमाल मचत जात बा.
एह फिल्म में अरविन्द अकेला कल्लूओ के किरदार बा. एह फिल्म खातिर विनयबिहारी के लिखल गीत पहिलही यूपी बिहार में जोर शोर से बाज रहल बा जवना के संगीत दिहले बाड़न धनंजय मिश्रा.
फिल्म का बाकी कलाकारन में बृजेश त्रिपाठी, डा॰सत्यनाारायण उजाला, आलोक यादव, आ मुश्ताक खान के नाम खास बा. असलम शेख, जीतेश दूबे, आ रीतेश ठाकुर के फोर इडियट्स भोजपरी सिनेमा का परदा पर धमाल मचाई, अतना त तय बा.
(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586