आपन “बहिनियां” फिलिम ना देख पइहें सुजीत कुमार

by | Aug 29, 2014 | 1 comment

Bahiniya
टीवी धारावाहिकन के निर्देशन करत-करत बादल सिंह सिनेमा ओर मुड़ चलले आ उहो भोजपुरी सिनेमा ओर. फेर सोचलन कि अपनो के बतौर अभिनेता पेश करे में कवनो हरज नइखे त फिलिम ‘बहिनियां‘ के हीरो बन गइले. नाटक से जुड़ल रहला आ निर्देशन आ एक्टिंग के भरपूर समुझ पवला आ भोजपुरी भाषी होखला का चलते बादल सिंह के भोजपुरी फिलिम बहुते सुकून देत बा.

एह बारे में पुछला प बादल सिंह के कहना रहल कि थिएटर, सीरियल आ फिलिमन में कवना के बढिया बतावसु? तीनो विधा अपना-अपना जगह खास बाडी सँ. अपना के एह मैदान में नया मानत बादल सिंह के कहना बा कि उ त अबहियो कुछ ना कुछ सीखते बाड़न.

बिहार के सासाराम से आइल बादल सिंह बतावत बाड़न कि भोजपुरी में कुछ करे के चाह लेके मुबंई अइलन. एहिजा अइला का बाद मशहूर नाटककार दिनेश ठाकुर से जुड़लन आ उनका थिएटर ग्रुप ‘अंक‘ में सक्रिय हो गइलन. चार साल थिएटर कइलन. फेर टीवी धारावाहिकन के निर्देशन करे लगलन. बाला जी, सिनेविस्टा, यूटीवी, दूरदर्शन मेट्रो के कई एक धारावाहिकन के निर्देशन कइला का बाद सिनेमा ओर मुड़ चललन. तीनो विधा के अनुभव हासिल भइल आ हर जगह संतोष मिलल. बतवलन कि उनकर ‘बहिनियां’ रिलीज ला तइयार बा. एकरा बाद आई ‘नगिनियां बनल दुल्हनियां‘. जवना फिलिमन में बस बतौर अभिनेता रहलन ऊ बाड़ी सँ ‘बंधन मुक्त‘, ‘मुक्का‘ अउर ‘चौथ का चांद‘.

बादल सिंह कहलन कि ‘बहिनियां‘ में भोजपुरी कल्चर के बेहतर तरीका से देखावल गइल बा. एहमें सौतेला भाई-बहिन के कहानी बा. मयभावत होखला का बावजूद दुनू के बीच बेहद अपनापन बा. बतवलन कि फिलिम में रोमांटिको एंगल बा. एगो फौजी से बहिने के प्यार हो जा ता आ बाद में शादिओ. बाकिर बहिन के जीवन खुशहाल नइखे. अत्याचार के माहौल बदस्तूर जारी रहत बा ओकरा जिनिगी में.

बहनोई के रोल में भोजपुरी के सर्वश्रेष्ठ एक्टर सुजीत कुमार बाड़े. ई उनुका जिनिगी के आखिरी फिलिम हवे आ एकरा के देखे ला अब उ मौजूद नइखन. पुछला प कि कइसे मनवलन सुजीत जी के, काहे कि उ त अपना बेमारी का बाद फिलिमन से अलग हो गइल रहले, बादल सिंह बतवलन कि फोन पर बतियवले त सुजीत जी के लागल कि कवनो अनुभवी आदमी हई से मिले ला बोला लिहलन. गइनी त कहलन कि बस एक दिन ला आएब शूटिंग करे आ नीमन लागी तबे आगे काम करब. आ खुशी के बात बा कि सुजीत कुमार फिलिमे ना पूरा कइलन आपनो एगो फिलिम ‘जीजा जी‘ के निर्देशन करे के ऑफर दिहलन. अफसोस कि ओहपर काम शुरू होखे का पहिलहीं उ दुनिया से विदा हो गइले. नजीर हुसैन आ सुजीत कुमार जइसन लोगे का चलते भोजपुरी फिलिम एहिजा ले आइल बाड़ी सँ.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

1 Comment

  1. shashi kant singh

    Hamani ke bhojpuriya khatii aachha bat baa ki ee news hamani ke raura athak parisram se milat ba aekra khati dil se raura badhaee ke patr bani

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up