भोजपुरी सिनेमा के अव्वल खलनायक संजय पांडे अबकी का ईद पर पुरा से छा जाे का तइयारी में बाड़न. एह ईद प संजय के तीन गो फिलिम रिलीज होखे जात बा.
फिलिम ‘जानेमन’ में खलीफा नाम के किरदार निभावत संजय के ईद का मौका पर जवन तीन गो फिलिम रिलीज होखे वाला बा ओहनी में ‘खून भरी मांग’, ‘दीवानगी हद से’. आ ‘जानेमन’ शामिल बाड़ी सँ.
अपना प्रशंसकन के ईद पर शुभकामना देत संजय पाण्डेय इहे चाहत बाड़न कि दर्शक हमेशा उनुका फिलिमन के आपन प्यार देत रहसु.
( शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)