एक्शन स्टार विशाल सिंह के फिलिम लेआईब दुलहनिया पाकिस्तान से 6 मई से रिलीज

by | Apr 30, 2016 | 0 comments

vishal-singh
रियल एक्शन के जादूगर आ एक्शन सुपरस्टार विशाल सिंह के लाजवाब एक्शन आ शानदार कहानी अउर सुने में नीक गीत संगीत से सजल नया भोजपुरी फिलिम “ले आईब दुलहनिया पाकिस्तान से” 6 मई से देश भर में शानदार रिलीज ला तइयार बा. एकरा के बिहार, मुंबई, आ उत्तर प्रदेश में एके साथ रिलीज कइल जा रहल बा.

इंटरनेट पर जारी भइल एृकरा फस्ट लुक आ ट्रेलर के खूब पसन्द कइल गइल बा आ एकर रिलीज लेके सगरी भोजपुरी सिनेमाजगत उछाह में बा. एकर गाना पहिलही से लोग का जबान पर चढ़ गइल बा आ एकरा के बड़का वितरक लोग मुंहमांगल दाम दे के खरीदले बा. विशाल सिंह के फैन फालोईंग गजब के बा आ इनका पहिला फिलिम हथियार के लोग जमके सराहले रहे. हथियार के निर्देशक रहलन जगदीश र्श्मा मुन्ना भाई.

विशाल जानेलें कि रियल एक्शन के जरिये दर्शकन के दिल में उतरल जा सकेला. विशाल सिंह आ तनुश्री के जोड़ी एह फिलिम के प्लस प्वाईंट बा आ रमाकांत प्रसाद के निर्देशन सोना में सोहागा जोड़े के काम कइले बा. एह फिलिम में एगो कुत्तो के शानदार काम देखे के मिली. एकरा के फिलिम खातीर बकायदा तीन महीना के ट्रेनिंग दिआइल रहे. एकर शूटिंग उत्तर प्रदेश के बस्ती आ सिद्धार्थ नगर, काठमांडु अउर मुंबई वगैरह जगहन पर भइल बा. एह फिलिम में भोजपुरिया दर्शक पहिला बेर कराटे के युद्ध देखीहें.

राधारामधारी प्रोडक्शन के बैनर तले बनल एह फिलिम के निर्माता हउवन रामधारी सिंह. अपराध आ अपराधियन के बदलत रूप आ सरहद पार के कोमल आ भावभरल प्यार दर्शावत निर्देशक रमाकांत प्रसाद के एह फिलिम के कहानीकार संजय सुहाना, गीतकार प्यारे लाल यादव आ पवन पांडे, संगीतकार खुद रमाकांत प्रसाद, कैमरा मैन राम केसी, नृत्यनिर्देशक संजय कोरबे, एक्शन सम्राट, आर्ट सतीश, आ संपादक गोविन्द दुबे हउवें.

कलाकारन में एक्शन स्टार विशाल सिंह आ इनकर नायिका तनुश्री का साथे बाड़ें संपदा, अवधेश मिश्रा, अयाज खान, सिद्धार्थ वगैरह.

LeAaeebDulhiniyaअपना फिलिम लेआईब दुलहनिया पाकिस्तान से के प्रदर्शन से पहिलहीं सुर्खी आ शोहरत बटोरत भोजपुरी सिनेमा के रियल एक्शन स्टार विशाल सिंह पर सगरी भोजपुरी सिनेमा जगत नजर टिकवले बा. केहू इनका के भावी सुपरस्टार बतावत बा त केहु भोजपुरी सिनेमा के आमिर खान. फिल्म फाईनेंसर आ निर्माता दुर्गा प्रसाद मजूमदार के कहना बा कि विशाल का बारे में जवन सुनतानी ओहसे लागत बा कि विशाल बहुते आगे जइहन. लागत बा कि भोजपुरी सिनेमा जवना रियल एक्शन स्टार ला तिकवत रहुवे तवन मिल गइल बा अब.

जानल मानल निर्माता आ वितरक अभय सिन्हा के विशाल में टाईगर श्राफ के झलक लउकत बा. विशाल सिंह के बारे में चर्चित निर्माता आ वितरक आलोक कुमार के कहना बा कि विशाल के कैरियर आवे वाला दिनन में बहुते विशाल होखे वाला बा.


(शशिकांत सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up