भोजपुरी के नवही निर्देशक दिनेश यादव के निर्देशन में बनल ‘कसम वर्दी के’ भोजपुरी फिलिम के पहिला झलक पिछला दिने जारी कइल गइल. एह झलकी के जारी होखते पहिलही से चरचा में गरम रहल एह फिलिम खातिर लोग के उत्सुकता अउरी बढ़ गइल. एहमें विराज भट्ट आ मोनालिसा के जोड़ हंगामा बरपावत नजर आई. एकर आकर्षक पोस्टर दर्शकन के दिल जीत ली. पहिला झलक में दिनेश यादव सगरी सितारन के महत्व दिहले बाड़न आ नायक विराज भट्ट के एक्शन वाला लुक के प्रमुखता देत उनकर रोमांटिको छवि सामने राखल गइल बा. फिलिम के खलनायक खलनायक संजय पांडे के लुक बाकी फिलिमन से अलगा लउकत बा, अवधेशो मिश्रा के नया अंदाज में पेश कइल गइल बा.
पूरा तरह से दर्शकन के भावे वाली एह फिलिम के निर्माता कांतिलाल मारू गजबे उछाह में बाड़ें. कलाकारन में विराज भट्ट, मोनालिसा, प्रिया शर्मा, मदन मोहन, अवधेश मिश्रा, अयाज खान, आनंद मोहन, रत्नेश बरनवाल, तेज यादव आ किरण यादव के नाम बा. डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के आयटम देखेवालन के मोह ली. त तेज यादव आ किरण यादव के भूमिको चुनौती भरल बा.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)