‘कसम वर्दी के’ फिलिम के पहिलका झलक लोग के दिल जीतत बा

by | Aug 19, 2013 | 0 comments

KasamVardiKe-posterभोजपुरी के नवही निर्देशक दिनेश यादव के निर्देशन में बनल ‘कसम वर्दी के’ भोजपुरी फिलिम के पहिला झलक पिछला दिने जारी कइल गइल. एह झलकी के जारी होखते पहिलही से चरचा में गरम रहल एह फिलिम खातिर लोग के उत्सुकता अउरी बढ़ गइल. एहमें विराज भट्ट आ मोनालिसा के जोड़ हंगामा बरपावत नजर आई. एकर आकर्षक पोस्टर दर्शकन के दिल जीत ली. पहिला झलक में दिनेश यादव सगरी सितारन के महत्व दिहले बाड़न आ नायक विराज भट्ट के एक्शन वाला लुक के प्रमुखता देत उनकर रोमांटिको छवि सामने राखल गइल बा. फिलिम के खलनायक खलनायक संजय पांडे के लुक बाकी फिलिमन से अलगा लउकत बा, अवधेशो मिश्रा के नया अंदाज में पेश कइल गइल बा.

पूरा तरह से दर्शकन के भावे वाली एह फिलिम के निर्माता कांतिलाल मारू गजबे उछाह में बाड़ें. कलाकारन में विराज भट्ट, मोनालिसा, प्रिया शर्मा, मदन मोहन, अवधेश मिश्रा, अयाज खान, आनंद मोहन, रत्नेश बरनवाल, तेज यादव आ किरण यादव के नाम बा. डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के आयटम देखेवालन के मोह ली. त तेज यादव आ किरण यादव के भूमिको चुनौती भरल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up