किरण बेदी जइसन किरदार में लउकीहें रानी चटर्जी

by | Jun 4, 2013 | 0 comments

RaniChatterjee-policeInspectorओमश्री मूविज़ के भोजपुरी फिलिम ’इंसपेक्टर चांदनी’ में अव्वल अभिनेत्री रानी चटर्जी एगो अहम किरदार में नज़र अइहें. एह फिलिम में रानी एगो पुलिस इंसपेक्टर बनल बाड़ी आ एगो गानो गवले बाड़ी. कहल जात बा कि उनकर किरदार देश के पहिलका महिला आईपीएस किरण बेदी से प्रभावित बा. एह बारे में पूछला पर रानी बतवली कि जब एकर निर्माता अरूण कुमार शाह, ओम कुमार आ निर्देशक रतन राहा उनका लगे अइलन आ फिलिम के किरदार का बारे में बतवलें त ऊ सोचे सवाचे में अझुरा गइली. बाद में रानी के माई उनकर हौसला बढ़वली आ उनका के एह चैलेंज के सकारे ला तइयार कर दिली. बाद में रानी किरण बेदी का बारे में बहुते पढ़ली, उनकर वीडियों फूटेज़ देखली आ तब जा के एह ला तइयार भइली. अब जब फिलिम तइयार हो गइल बा त रानी के आपन फैसला सही लागत बा आ कहत बाड़ी कि माई के फैसला बिलकुल सही साबित भइल.

एह फिलिम के गीतकार सच्चिदानंद कवच, मुन्ना दूबे, राजेश मिश्रा, पिंटू गिरी, मधुसुदन राव आ विनोद ब्यास, संगीत दामोदर राव, लेखक अनिल विश्वकर्मा, छायांकन नन्दू चौधरी, नृत्यगुरू कानू मुखर्जी, फाईटमास्टर रियाज़ सुल्तान हउवें.

मुख्य कलाकार बाड़ें रानी चटर्जी, आज़ाद कुमार, अर्पिता माली, दीपक भाटिया, सपना, सी पी भट्ट, ददन महतो, कृष्णा, दमोदर राव आ नवोदित जय सिंह.


(संजयभूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up