एह पुरुष समाज में जवना औरतन के सिर्फ मनोरंजन के साधन समुझल जाला ओहनीए के मन के दरद आ जिनिगी के त्रासदी उजागर करे वाली फिलिम “कोठा (जहां प्यार बिकेला)” के निर्माण बाबा का दलान इंटरटेनमेन्ट के बैनर तले भइल बा. एकरा के परोसत बाड़ी ममता हरेकान्त.
निर्देशक मनोज श्रीपति झा, लेखक सुरेन्द्र मिश्रा, पटकथा मनोज श्रीपति झा, संकलन विभूति भूषण, गीतकार प्यारेलाल यादव “कवि”, राजेश मिश्रा, अशोक सिन्हा, आ प्रेम सागर, अउर संगीतकार धनन्जय मिश्रा हवें. नृत्य निर्देशन निशांत उपाध्याय, मार धाड़ जीतू सिंह, छायांकन अन्थानी अउर राजू के बा.
मुख्य कलाकार पवन झा, रिन्कू घोष, गुंजन पन्त, मोनिका बत्रा, नीलिमा सिंह, विनोद मिश्रा, जय सिंह, धर्मेन्द्र सिंह आ संजय पाण्डेय बाड़ें.
(अपना समाचार)
0 Comments