JashwantKumarजसवंत कुमार दिन रात कड़ा मेहनत क के भोजपुरी इंडस्ट्री में आपन अलगे पहचान बना लिहले बाड़न. दर्जनो फिलिमन में अपना अभिनय के जलवा देखा चुकल जसवंत आजु कवनो परिचय के मोहताज नइखन. वइसे त .भोजपुरी फ़िलिमन में बहुते खलनायक बाड़े बाकि जसवंत कुमार एह सब से अलगा बाड़न.

पिछला साल २०१३ में रिलीज .जसवंत कुमार के फिलिम “रानी ७८६” बॉक्स ऑफिस पर सुपर हिट के झण्डा गाड़ दिहलसि. एह फिलिम में मुख्य नायिका रानी चटर्जीओ जसवंत कुमार के अभिनय के तारीफ करत कहली कि जसवंत कुमार बढ़िया कलाकार त हइए हउवन आदमीओ बढ़िया हउवन,

जसवंत कुमार के आवे वाली फ़िलिमन में “नजर लागल राजा तोहरे बंगले पे”, “दिल दीवाना तोहरा प्यार में”, “बुढ़वा रंगीला” वगैरह शामिल बाड़ी स. जसवंत कुमार २०१३ के बेस्ट खलनायकन मे गिनात बाड़े. .


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: