गोरखपुर में गुण्डईराज का चलते रात भर जगले पवन सिंह

भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार पवन सिंह एह घरी अपना काम का प्रति पूरा तरह से समर्पित हो गइल बाड़न आ अपना निर्माता के सुविधा आ सिनेमा के बेहतरी खातिर आपनो ख्याल राखल भुला गइल बाड़न. तबहिये नु पिछला दिने गोरखपुर में हो रहल भोजपुरी फिल्म गुण्डईराज के शूटिंग खातिर ऊ रात भर जागल रह गइले आ अगिला दिने फजीरही से फेरु शूटिंग कइलन.

प्रमेचंद प्रोडक्शन का बैनर में बनत एह फिल्म के शूटिंग होटल बॉबिना में करावल जात रहे जवन कि राते खातिर उपलब्ध रहे. सबेरे फेर एघो गानो शूट करे के रहे. निर्माता प्रेमचंद झा आ निर्देशक रविभूषण जब एह समस्या के जानकारी दिहलन त पवन सिंह बिना हीलाहवाली के तइयार हो गइले आ रात सात बजे से सबेर छह बजे ले शूटिंग कइलन.

शूटिंग के खास बात एगो फाइट सीक्वेंस रहुवे जवना के बालीवुड के मशहूर फाइट मास्टर महेन्द्र वर्मा कंपोज कइले रहले. एह सीक्वेंस में पवन सिंह कई गो केबल सीन दिहल आ समूचा फाइट के जियतार बना दिहले. अगिला दिने फेर नौ बजे शूटिंग खातिर तईयार हो के चहुँपल पवन सिंह के प्रशंसा करत प्रेमचंद झा कहले कि पवन सिंह बेहद मेहनती आ अपना फिल्म पर पूरा ध्यान देबे वाला स्टार हउवन. प्रेमचंद झा निर्माता साजिद नाडियाडवाला कके साथ पिछला दस साल से जुड़ल बाड़न.

गुण्डईराज में पवन सिंह आ मोनालिसा का साथ मनोज टाइगर, विक्रांत सिंह, श्रीकंकना, अनिल यादव, रीना रानी आ दिली सिन्हा बाड़े. गीत संगीत विनय बिहारी के आ कहानी रविभूषण के हऽ.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

Loading

One thought on “गोरखपुर में गुण्डईराज का चलते रात भर जगले पवन सिंह”
  1. Hi Pawan Ji
    Ek gana likh kar bhej raha hoo agar pasand aye to jaroor gaiega.

    Ek go lamba aurat ke shaadi bauna marad se ho jata. Lekin u marad bahut rasik mijaj ke ba khub pareshan karat ba apan mehraru ke. Ta u aurat aapna mai ke chitthi likha tia. Chitthi me ka likha tia.

    Sutala me2, kare pareshan e mai mor bhartina.
    Mor bhartina ho mor bhartina
    Ratia me2 ho jala hewan e mai mor bhartina
    Barah baje ratia me dawari karawela
    Dawari karawela ho dawari karawela
    Do baje ratia ke houran bajawela
    Houran bajawela ho houran bajawela
    Dehia ke2 bujhe kharihaan e mai mor bharbitana
    Ratia me ho jala hewan e mai mor bharbitiana
    Hote bhinsar e ta chumma humse mangela
    Chumma humse mangela ho chumma humse mangela
    Din dupaharia me kora me bolawela
    Kora me bolawela ho kora me bolawela
    Kahela ki2 bhiri awa jaan e mai mor bharbitana
    Ratia me ho jala hewan e mai mor bharbitana
    Man kare bhaag jai aapan naiharawa
    Aapan naiharawa ho aapan naiharawa
    Kabo nahi jai la e ghar se baharawa
    Ghar e baharawa ho ghar se baharawa
    Sejia pa2 le lihi paran e mai mor bharbitana
    Ratia me ho jala hewan e mai mor bharbitana
    Raman se bachawa more jaan e mai mor bharbitana

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up