चालीस बरीस बाद सिनेमा का परदा प फेरु लउकी हाथी

by | May 29, 2017 | 0 comments


साल 1971 में बनल राजेश खन्ना के फ़िलिम हाथी मेरे साथी आ 1976 में बचवन ला बनल फिलिम सफेद हाथी का बाद अनेके भासन में बनल सैकड़न फिलिमन में हाथी के परदा प देखावल त गइल बाकि ऊ फिलिम के मुख्यपात्र ना बनावल गइल. कवनो फिलिम के कहानी ओकर परिक्रमा करत ना लउकल.
अब एह कमी के दूर करे जात बाड़ी अभिनय का क्षेत्र से फ़िल्म निर्माण में उतरल नेहा श्री. उनुकर साथ दीहले बाड़न निर्देशक रितेश ठाकुर. चालीस बरीस बाद एगो भोजपुरी फ़िल्म राधे में हाथी केंद्रीय भूमिका में राखल गइल बा. राधे ओही हाथी के नाम ह.
निर्मात्री नेहा श्री आ निर्देशक रितेश ठाकुर बतवलें कि राधे में राधे के भूमिका निभावत हथिनी के असल नाम पार्वती ह आ ऊ पूरा तरह से ट्रेंड हथिनी हीय. एह फिलिम में राधे अनेके अइसन कारनामा करत लउकी जवना के देख लोग दाँत तर अंगुरी दबा ली. थाना मे घुस के हवालात से आरोपी रवि किशन के छोड़वावल होखो भा अनेरियन के सबक सिखावल भा रोमांचक करतब देखावल, राधे हर अदाकारी बखूबी कइले बाड़ीय राधे के कारनामा के आलम ई रहल कि जबे ओकर शूटिंग होखे दूर दराज से लोग उमड़ पड़त रहल ओकरा के देखे ला.
बतावल लोग कि केंद्रीय भूमिका में रहला का चलते राधे के 20 दिन ले सेट प राखे के पड़ल. एह चलते फ़िल्म के बजट त बढ़बे कइल बाकिर संतोष रहल कि राधे आपन भूमिका बखूबी निभवलसि. सेट प ऊ सभकर चहेती रहल. मेगा स्टार रवि किशन, युवा सुपर स्टार अरविंद अकेला कल्लू समेत सगरी कलाकार सोशल मीडिया पर राधे के फोटो डालके आपन प्रेम प्रदर्शन आ राधे के तारीफ क चुकल बाड़ें.
जान जाईं कि नेहाश्री एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल फिलिम राधे के संगीतकार आ निर्देशक रितेश ठाकुर, लेखक इंद्रजीत, गीतकार अरुण बिहारी, फणीन्द्र राव, शोभ दयाल यादव अउर राजेश सारंगपुरी, सिनेमेटोग्राफर यश भारद्वाज, एक्शन निर्देशक हीरा यादव, अउर कोरियोग्राफर रिक्की गुप्ता बाड़ें.
राधे में मेगा स्टार रवि किशन, युवा सुपर स्टार अरविंद अकेला कल्लू , अवतार गिल, प्रियंका पंडित, मोहिनी घोष, सीमा सिंह, पप्पू यादव, आर के गोस्वामी, हर्षित पटेल, करण सिंह (रावण ), ग्रीवा कंसारा, झील वगैरह के नाम मुख्य कलाकारन में शामिल बा.


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up