बालेश्वर सिंह के अभिनय के ग्राफ दिन प दिन बढ़ले जात बा. अबले अपना हर फिलिम में अलग-अलग तरह के अभिनय से दर्शकन के मोहित क देले बाड़न बालेश्वर सिंह. अब फिलिम गरदा में इनका अभिनय के तारीफ हो रहल बा.
जाने जोग इहो बा कि बालेश्वर सिंह अबही हाले में मैनास प्रोडक्शन प्रा. लि के बैनर में बनत निर्माता हलचल सिंह के फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के शूटिंग पुरवले. एह फिलिम के लेखक-निर्देशक ओम प्रकाश यादव हउवें. एकरा पहिले बालेश्वर सिंह एस.एस.फ़िल्म फैक्टरी के बनावल आ संजीव बोहरपी निर्देशित फिलिम ‘विजय पथ’ के शूटिंगो पूरा क दिहलन.
(रामचंद्र यादव)