‘छिछोर बलमा’ रिलीज़ ला तइयार

by | Apr 27, 2014 | 0 comments

ChichoraBalam2कोबरा एंटरटेनमेंट के बैनर तले बानी फिलिम ‘छिछोर बलमा’ के शूटिंग हाल ही में पूरा भइल आ अब पोस्ट प्रोडक्शन के कामो लगभग पूरे होखे वाला बा. अगिला महीना एकरा के रिलीजो क दिहल जाई.

‘छिछोर बलमा’ में वीरेंद्र कुमार मुख्य किरदार के भूमिका कइले बाड़न. वीरेंद्र कुमार एहसे पहिले ‘भाई हो तो अइसन’ आ ‘नंदू निकम्मा’ में दर्शकन का सोझा आ चुकल बाड़ें आ दर्शक उनका के पसंदो कइले रहन.

‘छिछोर बलमा’ से कलाकार जेई आ पायल सिंह अपना फिलिमी करिअर के शुरुआत करीहें. दुनू के काम एह फिलिम में बढ़िया रहलबा. त्रिलोकी चौबे एकर निर्देशन करत बाड़ें. अनेके हिंदी फिलिम निर्देशित क चुकल त्रिलोकी चौबे के ई पहिला भोजपुरी फिलिम ह.

पूरा शूटिंग मुंबई में भइल बा. कहानी पूरा तरह से कॉमेडी फैमिली ड्रामा के बा. अइसन फिलिम शायद अबही ले भोजपुरी में देखे के नइखे मिलल.

एहमें कुल ९ गो गाना बा जवना के संगीत विनय बिहारी आ राजेश गुप्ता के बा. गाना नवहियन के पसंद ध्यान में राखत बनावल बा. भोजपुरी फिलिमन में कॉमेडी के तड़का त पड़त आइल बा बाकिर पहिला बेर पूरा फिलिमे कॉमेडी प बनल बा.

निर्माता – जे .ऐ.अहसानी, निर्देशक त्रिलोकी चौबे, सिनेमेटोग्राफर निमेश.

मुख्य कलाकार – वीरेंद्र कुमार, जेई, प्रतिभा पाण्डेय अउर पायल सिंह.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up