जम गइलन विनय आनद 'बिहारी रिक्शावाला' बन के

by | Sep 24, 2013 | 0 comments

VinayAnand-BihariRickshawalaजी हँ दोस्त लोग, शुभ समाचार ई बा कि भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीओ अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट के मैदान के तरह बा आ एह मैदान के पिच पर जे जम जाव उहे हीरो ह, स्टार ह. भोजपुरी फिलिम रूपी क्रिकेट टीमो मे अनेके खिलाड़ी अपना अपना खेल के दर्शन करावेले. अब जे दर्शकन का सोझा ठहर गइल से हीरो आ बाकी सभे ज़ीरो.

अब बतावत चलीं कि पिछला हफ्ता क्रिकेट के मैदान रूपी सिनेमा घरन मे नायक रूपी खिलाड़ी विनय आनन्द विकेट रूपी दर्शकन का सोझा अपना ‘बिहारी रिक्शावाला’ रूपी बल्ला से विकेट रूपी दर्शकन के ताली आ सिटी रूपी बॉल से खूब चौका, छक्का दागत बाड़ें. कहे के मतलब कि पिच पर जम गइल बाड़ें.

पिछला हफ्ता रिलीज फिलिमन में ‘बिहारी रिक्शावाला’ के नाम बहुते ज़ोशोखरोश से लिहल गइल. दर्शकन के अपार स्नेह मिलल एह फिलिम के.
विनय आनद अबले नाहियो त साठ से अधिका फिलिमन में अपना अभिनय के जलवा देखा चुकल बाड़े आ एह मिथक के तूड़ देखवले बाड़न कि भोजपुरी में गायके नायक बन सकेला.

अब एक तरफ ‘बिहारी रिक्शावाला’ सफलता के इतिहास रचत बावे त विनय आनन्द के अगिला फिलिम ‘बिहारी टाइगर’ रिलीज होखे वाला बा.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up